माटी हमार
ग़ज़ल — महेन्द्र तिवारी · विषय: जीवन कविता
ई माटी के कण-कण में पुरखन के कहानी हऽ,
एही माटी से जुड़ल हमार हर एक निशानी हऽ।
एही माटी में खेलनी, एहीजे बचपन बीतल हऽ,
ई माटी हमार जिनगी, ईहे हमार अभिमान हऽ।
माई के आँचर नियन, शीतल एकर छाँव हऽ,
एही में बीतल बचपन, एही में हमार गाँव हऽ।
खेतन में लहरात सपना, पुरवइया के तान हऽ,
गाँव के हर एक गली में, बसल हमार प्रान हऽ।
माटी के मान राखल, जिनगी के धरम हऽ,
एकर सेवा से बढ़िके, ना कवनो करम हऽ।
जब ले ई माटी बाटे, तब ले हमार शान हऽ,
माई के असीस से, रोशन हमार जहान हऽ।
परदेस के महल में, मनवा ना रम पावेला,
माटी के सोंधी खुशबू, आठो पहर बोलावेला।
माई के इयाद आवे त, भींजे अँखिया के कोर,
लौटे के मनवा करेला, छोड़ि दुनिया के शोर।
एही माटी से जुड़ल हमार हर एक निशानी हऽ।
एही माटी में खेलनी, एहीजे बचपन बीतल हऽ,
ई माटी हमार जिनगी, ईहे हमार अभिमान हऽ।
माई के आँचर नियन, शीतल एकर छाँव हऽ,
एही में बीतल बचपन, एही में हमार गाँव हऽ।
खेतन में लहरात सपना, पुरवइया के तान हऽ,
गाँव के हर एक गली में, बसल हमार प्रान हऽ।
माटी के मान राखल, जिनगी के धरम हऽ,
एकर सेवा से बढ़िके, ना कवनो करम हऽ।
जब ले ई माटी बाटे, तब ले हमार शान हऽ,
माई के असीस से, रोशन हमार जहान हऽ।
परदेस के महल में, मनवा ना रम पावेला,
माटी के सोंधी खुशबू, आठो पहर बोलावेला।
माई के इयाद आवे त, भींजे अँखिया के कोर,
लौटे के मनवा करेला, छोड़ि दुनिया के शोर।
इस कवि की और रचनाएँ
इसी विषय पर और रचनाएँ
सभी विषय: माँ पर कविता · प्रेम कविता · देशभक्ति कविता · प्रेरणा कविता · भक्ति कविता · प्रकृति कविता · जीवन कविता
WhatsApp चैनल से जुड़ें · YouTube पर लाइव देखें · अपनी रचना भेजें